गुंजन पंत एक बेर फेरु रविकिशन का साथे
-

फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” के अपार सफलता का बाद गुंजन पंत एक बेर फेरु रविकिशन का साथे फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” में काम कर रहल बाड़ी. पिछला दिने जब एह फिल्म के संगीत रिलीज के पार्टी होत रहे त गुंजन के देखते रविकिशन तपाक से उनुका के फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” के सफलता खातिर बधाई दिहलन त ओहिजा मौजूद सगरी लोग गुंजन के बधाई देबे लागल. गुंजन पंत के गिनिती अब भोजपुरी के टॉप थ्री अदाकारा में होखे लागल बा. एक जने पूछलन कि गुंजन जी अपने मनोज तिवारी, रविकिशन, आ विनय आनन्द का साथे काम कर चुकल बानी, निरहुआ का साथे कब आ रहल बानी त गुंजन पूरा गंभीरता से जवाब दिहली कि चाहत त कबसे बानी बाकिर अबले संजोग नइखे बनल. बतौर अभिनेत्री गुंजन पंत बहुतकुछ कइल चाहत बाड़ी आ उहो एगो नया अंदाज में. कहली कि उनुका पूरा उम्मीद बा कि “रामपुर के लक्ष्मण” एगो सुपर डूपर हिट फिल्म होखे जा रहल बा.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts