गांगुली आ लक्ष्मण आपन दाम बढ़वलें

आईपीएल का नीलामी में सौरब गांगुली आ वीवीएस लक्ष्मण के न्यूनतम दाम करीब ९२ लाख रुपिया राखल रहुवे जवन कि तिसरका दर्जा के खिलाड़ियन खातिर बा. गांगुली आ लक्ष्मण एह दाम से खुश ना रहलें. एह कारण ऊ लोग नियम कायदा का हिसाब से आपन दाम बढ़ा के सबले उपर वाला दर्जा ले कर दिहलें. अब जवन टीम एह दुनु जने में से केहू के अपना में शामिल करे के चाही ओकरा कम से कम पौने दू करोड़ से उपर के बोली लगावे के पड़ी. नियम इहे बा कि खिलाड़ी आपन बेस प्राइस घटावे बढ़ावे के अधिकार राखेलें. एकरा पहिले राहुल द्रविड़ आ अनिल कुंबलेहू आपन आपन दाम बढ़ा के सबले उपर कर चुकल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।