गांगुली आ लक्ष्मण आपन दाम बढ़वलें

आईपीएल का नीलामी में सौरब गांगुली आ वीवीएस लक्ष्मण के न्यूनतम दाम करीब ९२ लाख रुपिया राखल रहुवे जवन कि तिसरका दर्जा के खिलाड़ियन खातिर बा. गांगुली आ लक्ष्मण एह दाम से खुश ना रहलें. एह कारण ऊ लोग नियम कायदा का हिसाब से आपन दाम बढ़ा के सबले उपर वाला दर्जा ले कर दिहलें. अब जवन टीम एह दुनु जने में से केहू के अपना में शामिल करे के चाही ओकरा कम से कम पौने दू करोड़ से उपर के बोली लगावे के पड़ी. नियम इहे बा कि खिलाड़ी आपन बेस प्राइस घटावे बढ़ावे के अधिकार राखेलें. एकरा पहिले राहुल द्रविड़ आ अनिल कुंबलेहू आपन आपन दाम बढ़ा के सबले उपर कर चुकल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..