दस बहिनन के अकेला भाई के लाश मिलल
-

साल का आखिरी दिने बलिया का टीडी कालेज के जिम का बहरी एगो बीम पर गमछी से लटकत अठारह साल के लड़िका के लाश मिलल. लड़िका बाँसडीह कोतवाली के हुसेनाबाद गाँव के शंकर दूबे के इकलौता बेटा रहे. शंकर दूबे दीवानी न्यायालय में पेशकार हउवें आ बलिया के जजेज कालोनी में रहेलें. गौरव इंटर कालेज के छात्र रहुवे आ बियफे से लापता रहुवे. शुक का दिन सबेरे ओकर लाश मिलल. अपना नौ गो चचेरी बहन समेत दस बहिन के इकलौता भाई रहुवे गौरव. पुलिस एह मामिला के तहकीकात में जुटल बिया. ओकरा बुझात नइखे कि ई हत्या ह कि आत्महत्या. ओने पूर्व छात्र नेता झून्नू पुलिस के चेतवले बाड़न कि अगर चार जनवरी ले मामिला के खुलासा ना भइल आ दोषी के गिरफ्तारी ना भइल त छात्र आन्दोलन शुरु कर दीहें. पुलिस के कहना बा कि ऊ लाश के पोस्टमार्टम का बादे बता पाई कि ई हत्या रहे कि आत्महत्या.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts