गाजीपुर से बलिया ले रेल के डबल लाइन आ छठ स्पेशल

रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा आजु गाजीपुर में जानकारी दिहलन कि 20 तारीख के गाजीपुर से बलिया के बीच रेल लाइन डबल करे के काम के शुरुआत क दीहल जाई. ओही दिने गाजीपुर में वाशिंग पिट के नेंवो राखल जाई. गाजीपुर से औड़िहार जौनपुर होखत वाराणसी ले एगो नया डीएमयू ट्रेन चलावल जाई. मऊ से वाराणसी का बीचो एगो नया डीएमयू अगिला महीना से चले लागी.
छठ पर्व के भीड़ देखत रेलवे बहुते स्पेशल ट्रेन चलावे के एलान कइले बिया. पटना से दिल्ली जाए ला 19, 20, 21, आ 22 नवंबर के को पटना आनंद बिहार छठ स्पेशल ट्रेन चलावल जाई. एगो जनसाधारण छठ स्पेशल पटना से 19 तारीख के रवाना होखी. उनइसे के एगो जनसाधारण ट्रेन गया से आनंद बिहार टर्मिनल ला आ दरभंगा टीसन से दिल्ली का बीच चलावल जाई. मधुबनी के जयनगर से 20 आ 24 नवंबर के आनंद बिहार टर्मिनल जनसाधारण छठ स्पेशल आ गया टीसन से मुंबई के छत्रपति शिवाजी टर्मिनल ला जनसाधारण एक्सप्रेस चलावल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..