छठ महापर्व पर बरबादी बरखावे के साजिश
-

छठ महापर्व का मौका पर बिहार में आतंकी हमला के साजिश के अनेसा देखत पुलिस मशीनरी पूरा चउकस भाव से निगरानी करे में लागल बिया. हिन्दूवन के एह महापर्व पर आतंकी अगर कतहीं कवनो बड़हन हमला कर सकेलें. एह बारे में केन्द्र सरकार के तरफ से बिहार के सावधान करा दीहल गइल बा. एकरा चलते बिहार चुनाव खातिर आइल केन्द्रीय सुरक्षा बल के टुकड़ियन के बिहारे में रोक लीहल गइल बा.
बहुते भीड़भाड़ वाली जगहन पर एनडीआरएफ अउर एसडीआरएफ के टीमन के लगा दीहल गइल बा. एह टीमन में गोताखोरन का साथही राहत आ बचाव कर्मीओ शामिल बाड़ें.
छठ पर्व के महत्ता देखत यूपी सरकार एह दिने गजटेड छुट्टी के एलान कर दीहल गइल बा आ कवनो सरकारी कार्यालय अब काल्हु मंगल का दिने ना खुली. जवना कार्यालय में पाँचे दिन काम होखेला ओहिजा मंगल के छुट्टी का बदले शनिचर का दिने काम करे के पड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts