गुंजन पंत आ अनारा के रामलखन


भोजपुरी सिनेमा के गरमागरम अभिनेत्री गुंजन पंत आ अनारा गुप्ता आजु काल्हु अपना नयका फिल्म “रामलखन” के शूटिंग में व्यस्त बा लोग. एह घरी के हाड़ कँपावे वाली जाड़ा में रातो में शूटिंग करा रहल ई दुनु अभिनेत्री का बीच में बढ़िया पटरी बइठ गइल बा. एह लोग के दोस्ती के आलम ई बा कि दुनु मिल के कबो कबो पूरा यूनिट के परेशान कर देला लोग आ बाद में खिलखिला के सगरी लोग के खीसो भुला देला लोग. “रामलखन” के निर्देशक इकबाल बख्श के कहना बा कि उनकर पूरा फिल्म यूनिट दिल लगा के काम में लागल बा आ काम करे में आनन्द आ रहल बा. इकबाल बख्श खास कर के फिल्म के नायक सुशील सिंह के बड़ाई करत कहलें कि सुशील सिंह कमाल के अभिनेता हउवन. गुंजन के फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” पिछला साल के सबले बड़हन हिट फिल्मन में शामिल रहे आ एह साल उनकर कई गो फिल्मलाइन में लागल बाड़ी सँ.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।