मराठी फिल्म में सीमा के लावणी
-

लावणी महाराष्ट्र के लोक नृत्य विधा ह जवना के संगीतमय बातचीतो कहल जा सकेला. ई बहुते कठिन विधा ह बाकिर जब भोजपुरी के आयटम डांसर सीमा सिंह एगो मराठी फिल्म खातिर लावणी कइली त देखे वाला माने के तइयार ना रहले कि ऊ ई पहिला बेर करत बाड़ी. सीमा सिंह पहिलका आयटम डांसर बाड़ी जे लावणी कइले बाड़ी. ओह मराठी फिल्म में सीमा के किरदारो बा मैनाबाई का रुप में. सीमा सिंह बतवली कि लावणी सीखे खातिर ऊ बहुते मेहनत कइली आ मैना देवी का बारे में जानकारी इकट्ठा कर के पढ़े में सारी रात जागे के पड़ गइल रहे. ओकरा बादे ऊ मैना देवी के किरदार आ लावणी करे में सफल भइली. सीमा सिंह भोजपुरी में लगातार हिट पर हिट फिल्म देबे खातिर जानल जाली आ अचरज ना होखि जब मराठीओ फिल्म में ऊ हिट फिल्मन
के कतार लगा देस. हाल ही में सीमा सिंह नया साल का मौका पर देखावल जा रहल महुआ टीवी के कार्यक्रम खातिर लाइव परफारमेंस दिहली जवना के देख के दर्शक बाग बाग हो गइलन.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts