गुंजन पंत के बधाई देत बा सभे

GunjanPant-brideसिनेमा भोजपुरी के चर्चित नायिका गुंजन पंत अब निर्माता बन गइल बाड़ी आ एहला उनुका के बहुते बढ़ाई दिहल जात बा. गुंजन पंत के बतौर निर्मात्री पहिलका फिलिम ‘मुन्नी बदनाम भइल सईंया तोहरे खातिर’ जल्दिए सेट पर जाए वाली बा. गुंजन पंत मौजूदा दौर के पहिलका अभिनेत्री हई जे फिलिम बनावे चलल बाड़ी. निर्माण में साथी बाड़े निर्माता चेतन राठौड़ आ बैनर ह प्रिशा आर्ट्स के. प्रस्तुतकर्ता हउवें जितेश दुबे. संजीव बोहरणी आ संदीप तिवारी के निर्देशन में बने वाली एह फिलिम ‘मुन्नी बदनाम भइल सईंया तोहरे खातिर’ के कथा-पटकथा आ संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल बा, कला निर्देशक हउवे अंजनी तिवारी, आ लाईन प्रोड्यूसर निलाभ तिवारी.

रानी चटर्जी, दीपक दुबे आ बृजेश त्रिपाठी एह फिलिम में मुख्य भूमिका में बावे लोग. गुंजन खुद एह फिलिम में काम नइखी करत काहे कि ऊ पूरा धेयान निर्माण पर दिहल चाहत बाड़ी.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।