मेरे साजन तेरे कारन फिलिम में प्यार क मसीहा बनल बाड़े बालेश्वर सिंह
-

baleshwar_singh2हर किरदार के जीवंत कर देबे वाला अभिनेता बालेश्वर सिंह आनन्द मिडिया एण्ड इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत फिलिम “मेरे साजन तेरे कारन” में प्यार क पाठ पढ़ावत प्रेम के मसीहा बनल बाड़े. उनुकर किरदार एन्टी हीरो के बा जे दू गो बिछुड़ल प्रेमियन के फेर से मिलावे ला अपना जान के बाजी लगा देत बा.

एह फिलिम के निर्देशक राजीव राय, संगीतकार के॰ रत्नेश मिश्रा, छायांकन पवन गुप्ता, मार धाड़ किंदर पाजी, आ नृत्य निर्देशक केदार मास्टर बाड़न. मुख्य भूमिकन में रविराज दीपू, अपूर्वा बिष्ट, बालेश्वर सिंह, मनोज टाईगर, गोपाल राय, बंदिनी मिश्रा, अवधेश मिश्रा आ आईटम डांसर सीमा सिंह बाड़ी.

बालेश्वर सिंह एकरा अलावे एस के फिल्म्स (चेन्नई) के बैनर तले बने जात”गरदा” में बतौर खलनायक नज़र अइहें. इनकर आवेवाली अउर फिलिमन में एक लैला तीन छैला, चुन्नू बाबू सिंगापुरी, यादवजी, हम मस्ताने, तिलक तराजू और तलवार, गरदा उड़ा देब, आ लाडली वगैरह बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज़)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts