गोरखपुर के मणि शर्मा

फिल्म इंडस्ट्रीज चकाचौध क दुनिया ह जहाँ रोजाना सैकड़ा का तादाद मे लोग अभिनेता बने भा आपन किस्मत चमकावे आवेला. कुछ लोग मेहनत कर के बन जाला त कुछ लोग वापिस लवटि जाला. गोरखपुर के व्यवसायी मणिओ शर्मा के ई दुनिया खींच ले आइल आ ऊ एगो फिलिम के निर्माता बन गइलें. साथ ही ओह फिलिम में अपनो के बतौर अभिनेता शामिल कर लिहलन.

मणि शर्मा के एह भोजपुरी फिल्म “एक और बगावत की आग” के पूरा शूटिंग गोरखेपुर मे भइल. कुछ बचल खुचल शूटिंग मुंबई में होखे वाला बा. मणि शर्मा अपना एह फिलिम में एगो दबंग पुलिस अफसर के किरदार कइले बाड़न आ प्रिया शर्मा संगे उनकर रोमांसो देखे के मिली एह फिलिम में. साथी कलाकारन में विजय लाल यादव, सुनील छैला बिहारी, मणि शर्मा, कल्पना शाह, प्रिया शर्मा, लवी, कृष्णा पांडे, आ समीर शेख के नाम बा.


(भोजवुड न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।