रमाकांत प्रसाद के ‘हिम्मतवाला’ के पहिला लुक जारी भइल
-

जानल मानल भोजपुरी फिल्म निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के नइकी फिलिम ‘हिम्मतवाला’ के पहिला लुक पिछला दिने मुंबई में जारी भइल जवना में फिलिम के नायक विराज भट्ट त्रिशूल लिहले एक्शन करत नजर आवत बाड़ें. एह लुक से लागऽता कि फिलिम एक्शन प्रधान बावे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

रमाकांत प्रसाद आ विराज भट्ट के एक्शन भरल ‘हिम्मतवाला’जानल मानल निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद आ भोजपुरी एक्शन किंग विराज भट्ट के जलवा एक बेर फेर देखे के मिली ‘हिम्मतवाला’ में. जबरदस्त एक्शन आ रोमांटिक गीतन से भरल एह फिल्म के निर्माण आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ कुमारी माई मूवीज करत बाड़ें. गीत लिखले बाड़ें प्यारेलाल यादव आ राकेश मिश्रा. सह-निर्माता हउवें शिव पांडे. संगीत खुद रमाकांत प्रसाद दिहले बाड़ें. कैमरा संचालन शैमद चक्रवर्ती के आ संपादन दीपक जॉव के हवे. कथा, पटकथा, संवाद लिखलें तेजेस अखौरी आ नृत्य निर्देशन कइलें ज्ञान सिंह, मारधाड़ निर्देशन हीरा यादव आ कला निर्देशन सतीश दिनेश.
एह भोजपुरी फिल्म ‘हिम्मतवाला’ में एक्शन किंग विराज भट्ट, तनु चटर्जी, सुप्रेरणा सिंह, प्रिया शर्मा, अनिल यादव, वंदिनी मिश्रा, पुष्पा वर्मा, सीमा सिंह, प्रनाली, देव सिंह, विनोद मिश्रा, सिद्धार्थ अउर मुकेश राज के खासमखास भूमिका बा. अपना एह फिलिम से रमाकांत प्रसाद बहुते उत्साह में बाड़ें आ उनकर कहना बा कि एह मसालेदार फिलिम से सिनेमा भोजपुरी के एगो नया दिशा मिली. एह फिलिम में काम कर के नायक विराज भट्ट अपना के खुशनसीब बतवले बाड़ें.

उमेद बा कि दर्शकन के नब्ज पर हाथ धइले राखे वाला रमाकांत प्रसाद के इहो फिलिम उनकर काबिलियत देखा दी.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)
(27 Aug)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts