हैदराबाद में भइल जयाप्रदा आ मनोज तिवारी के फिलिम ‘मातृ देवो भवः’ के भव्य मुहूर्त

मुहुर्त शॉट निर्देशित कइलन संजय दत्त आ क्लैप दिहलन चिरंजीवी.

बालीवुड अदाकारा जयाप्रदा आ भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिल्म ‘मातृ देवो भवः’ के भव्य मुहूर्त पिछला दिने हैदराबाद के रामोजी राव स्टूडियो में भइल. एह मौका पर मुहुर्त क्लैप दिहलें दक्षिण भारत के सुपर स्टार चिरंजीवी आ एह शॉट के निर्देशित कइलन संजय दत्त. निर्माता आ नायिका जयाप्रदा अउर नायक मनोज तिवारी के बधाई देबे ला तमाम सेलेब्रिटी मौजूद रहलन.

के.डी. का निर्देशन में बने जात एह फिल्म के नायिका जयाप्रदा खुद एकर निर्माण करावत बाड़ी. ई फिलिम साल 1993 में दक्खिन में हिट भइल रहे आ ई ओकरे भोजपुरी रिमेक ह.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।