गोरखपुर में बस आ ट्रक का टक्कर में दू जने के मौत, 24 जने घवाहिल

(प्रतीक फोटो)


गोरखपुर, 25 अप्रैल (वार्ता). कैम्पियरगंज इलाका के महावनखार का लगे एगो बस आ ट्रक का टक्कर से बस पर सवार दू जने के मौत हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गउवे.
पुलिस आजु बतवलसि कि काल्हु देर राति एगो निजी बस सिध्दार्थनगर से सवारी लेके गोरखपुर आवत रहुवे जब महावनखार का लगो गोरखपुर से जात ट्रक से ओकर आमने सामने के टक्कर हो गइल. एकरा बाद बस बेकाबू हो के पलट गइल आ गोरखनाथ इलाका के स्कंद त्रिपाठी (22 बरीस) अउर सिध्दार्थनगर के दीपक (23 बरीस) के ओहिजे मौत हो गइल. दू दर्जन घवाहिल सवारियन के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज आ कुछ नर्सिंग होमन में भरती करावल गइल बा. एह घवाहिलन में शामिल पीपीगंज थाना में तैनात एगो सिपाही समेत सात जने के हालत नाजुक बा.
हादसा का बाद फरार हो गइल ट्रक चालक के खोजल जा रहल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।