पिक वैन पलटला का चलते चार गो बारातियन के मौत, नौ जने घवाहिल
-


छपरा 25 अप्रैल (वार्ता). दाउदपुर इलाका के बनवार रेल ढ़ाला का नियरा आजु बारातियन से भरल एगो पिकअप वैन पलटि गइल आ एह हादसा में एगो औरत समेत चार गो बारातियन के मौत हो गइल आ नौ जने बहुते घवाहिल हो गइलें.
पुलिस सूत्र बतवलें कि हाजीपुर से बारातियन के लेके वापिस लवटत एगो पिकअप वैन बनवार ढाला का नियरा बेकाबू हो के सड़क किनारा गड़हा मे पलट गइल.
मामिला के जानकारी पा के घटनास्थल पर पहुंचल पुलिस अगल बगल का लोग का सहयोग से घवाहिलन के इलाज खातिर छपरा सदर अस्पताल भेजववलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts