गढ़वा फिलिम के शानदार मुहूर्त

Gadhawa
हालही में फोकस टेलीफिल्म अपना भोजपुरी फिलिम ‘गढ़वा’ के शानदार मुहूर्त कइलसि. ऐक्शन, प्यार, रोमांस आ फैमिली ड्रामा से भरपूर एह फिलिम के निर्मात्री नज़मा खान, निर्देशक खालिद खान, लेखक राजेश कुमार पाण्डेय, संगीतकार युवराज मोरे, गीतकार दीपक निषाद अउर मनोज कुमार, छायाकार वी डी नाईक, आ नृत्य निर्देशक महेश आचार्य अउर विक्रम जीत हउवें.

मुख्य कलाकार रहीहें अविनाश शाही, अर्चना सिंह, शिवानी त्यागी, के के गोस्वामी, गोपाल त्रिपाठी, अमित मिश्रा आ अवधेश मिश्रा.

फिलिम के शुभ मुहूर्त के मौका पर मिथिलेश अविनाश, रंजीत सिंह नेगी, इकबाल बक्श, अमरीश सिंह, सुशील सिंह, अक्षय यादव, माधुरी पाण्डेय, महेश आचार्य, महेन्द्र चौहान, उमेश पाण्डेय, अजीत केरी, इंदु सोनाली, प्रेम किरण, धीरज सिंह, जीतू शुक्ला वगैरह लोग मौजूद हो के आपना शुभकामना दिहल फिलिम के सफलता खातिर.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।