महेंदर मिसिर के गाना ले के एल्बम बनइहन पवन सिंह
-

PAWAN-MONA
भोजपुरिया गायकी के सिरमौर आ भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह अब मशहूर भोजपुरी गायक आ पुरबी के जनक कवि महेंदर मिसिर के गाना ले के एगो ऑडियो एल्बम बनावे आ ओकरा के दुनिया के कोना कोना चहुँपावे के बीड़ा उठवले बाड़न.

जान जाईं जे भोजपुरी गवनई में बढ़त फूहड़पन का खिलाफ पिछला दिने पवन सिंह एलान कइले बाड़न कि अबसे उ ओह फिलिमन ला काम ना करीहें जवना में फूहड़ गाना आ सीन होखी. एही कड़ी में अब उ साफ सुथरा आ गीतन के बढ़ावा देबे के फैसला कइले बाड़न. पवन के कहना बा कि जब ले लोग के नीमन गाना सुने आ पसंद करे के मौका ना दिहल जाई तबले फूहड़ गीतन के बाजार तुड़ल संभव ना हो पाई.

आशा कइल जाव कि देश दुनिया में पसरल भोजपुरी समाज पवन सिंह के एह कोशिश के सफल बनाई. आ एगो नया शुरुआत हो सकी भोजपुरी गवनई में.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts