घरे आवत खेतिहर के गोली मार के हत्या

मोतिहारी 23 अक्टूबर (वार्ता) बिहार मे पूर्वी चंपारण जिला के लखौरा इलाका के भोपत मठिया गांव का नियरा काल्हु रात कुछ अपराधी एगो खेतिहर के गोली मार के हत्या कर दिहले.

पुलिस के कहना बा कि भोपत मठिया गांव के धनी किसान पैंतालिस साल के रामाकांत राय धान कटवा के रात में घरे लवटत रहले जब पहिले से घात लगवले बदमाश उनुका के गोली मार दिहले. एह घटना मे रामाकांत राय के मौत ठाँवे प हो गइल. पुलिस के कहना बा कि हत्या के एगो मामिला में रामाकांत राय के बेटा मुकेश कुमार गवाही दिहले रहुवे आ एही से नाराज अपराधी उनका बाप के हत्या क दिहले.

एह सिलसिला मे मृतक के बेटा मुकेश कुमार के बयान पर गांवे के पांच जने पर नामजद प्राथमिकी दर्ज भइल बा. सगरी आरोपी फरार बतावल जात बाड़े,

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।