चंदौली में सात किलो सोना का साथे एगो तस्कर गिरफ्तार

(प्रतीक फोटो)


चंदौली 11 अप्रैल (वार्ता). जीआरपी बुध का दिने मुगलसराय टीसन पर चेकिंग करत में एगो आदमी का लगे से सात किलो सोना बरामद क के ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि. एह सोना के दाम करीब सवा दू करोड़ लगावल गइल बा.
जीआरपी प्रभारी निरीक्षक आर के सिंह बतवलन कि मुगलसराय टीसन पर चेकिंग करत में प्लेटफार्म नम्बर छह पर बइठल अजमेर (राजस्थान) निवासी करन सोनी का लगे से सात किलो सोना बरामद भइल. पूछताछ में ऊ बतवलसि कि ई सोना ऊ कोलकाता से ले के आवत रहुवे आ अजमेर ले जात रहल.
धराइल तस्कर से कस्टम विभाग आ अउरिओ एजेंसियन के अधिकारी पूछताछ करत बाड़ें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।