काल्हु के गिरल बाजार आजु उछाह में आइल

सेंसेक्स 578 अंक त निफ्टी 197 अंक उछलल.

मुम्बई 05 अप्रैल (वार्ता). अमेरिका चीन के व्यापारिक तनातनी कम होखे के खबर, विदेशी बाजारन से मिलन बढ़िया संकेत का साथही रिजर्व बैंक के नीतिगत दर में कवनो बदलाव ना भइला से आजु देश के शेयर बाजार खुशी से झूम उठल. एह सबसे उछाह में आइल लिवाल आजु बिकवालन पर भारी पड़लन आ बीएसई के संवेदी सूचकांक 577.73 अंक आ एनएसई के निफ्टी 196.75 अंक के उछाल लेके बन्द भइल.
बाजार में कारोबारी धारणा में दिन भर मजबूती बनल रहल. रिजर्व बैंक दिवालिया प्रक्रिया से गुजरे वाला करीब 40 कंपनियन के ऋण का बारे में बैंकन के कइल प्रावधान पर छूट देबे के एलान क के बैंकिंग समूह के सूचकांक में 2.78 प्रतिशत के बढ़ती करा दिहलसि. साथ ही रिजर्व बैंक के मौद्रिक नीति समिति चालू वित्त वर्ष के विकास दर के अनुमान 7.2 प्रतिशत से बढ़ाके 7.4 प्रतिशत कर दिहलसि आ 31 मार्च के पूरा भइल वित्त वर्ष के चउथका तिमाही के खुदरा महँगाई दर अनुमानो 5.1 प्रतिशत से घटाके 4.5 प्रतिशत कर दिहलसि.
आजु दुनिया भर के शेयर बाजारनो में तेजी देखे के मिलल.

0 Comments

Recent Posts