चन्द्रशेखर के जयन्ती मनावल गइल

पूर्व प्रधानमंत्री स्व| चन्द्रशेखर के जन्मदिन पर काल्हु बलिया, मऊ, जौनपुर, अमरोहा, इलाहाबाद, फैजाबाद, वाराणसी आ गोरखपुर समेत कई जगहा पर समारोह कइल गइल आ उनुका के याद कइल गइल. चन्द्रशेखर बलिया से साँसद रहले आ एक बेर बलिया से हरला का बाद बिहार के छपरा सीवान जिला के महाराजगंज से सांसद बनल रहलें. उनुका के लोग दाढ़ी बाबा के नाम से जानत रहुवे. आजुवो उनका के लोग इज्जत आ श्रद्धा से याद करेला. प्रधानमंत्री का अपना छोट अवधि में उनुका देश के सोना विदेश में गिरवी राखे के पड़ल रहे.बाकिर उनुका एह कदम से देश के भुगतान संकट निबट गइल रहे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।