चन्द्रशेखर के जयन्ती मनावल गइल

पूर्व प्रधानमंत्री स्व| चन्द्रशेखर के जन्मदिन पर काल्हु बलिया, मऊ, जौनपुर, अमरोहा, इलाहाबाद, फैजाबाद, वाराणसी आ गोरखपुर समेत कई जगहा पर समारोह कइल गइल आ उनुका के याद कइल गइल. चन्द्रशेखर बलिया से साँसद रहले आ एक बेर बलिया से हरला का बाद बिहार के छपरा सीवान जिला के महाराजगंज से सांसद बनल रहलें. उनुका के लोग दाढ़ी बाबा के नाम से जानत रहुवे. आजुवो उनका के लोग इज्जत आ श्रद्धा से याद करेला. प्रधानमंत्री का अपना छोट अवधि में उनुका देश के सोना विदेश में गिरवी राखे के पड़ल रहे.बाकिर उनुका एह कदम से देश के भुगतान संकट निबट गइल रहे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..