चरचा में बाड़न ब्रजेश त्रिपाठी

सिनेमा भोजपुरी का परदा पर पिछला तीस साल से काबिज आ भोजपुरी सिनेमा के खलनायक आ चरित्र अभिनेता, जे के सबही मानेला, ब्रजेश त्रिपाठी एह घरी खूबे चरचा में बाड़न. हर बड़की भोजपुरी फिलिम में ब्रजेश के जलवा देखे के मिलत बा. एह साल के सबले बड़हन हिट ‘जान तेरे नाम’ में खेसारीलाल के पिता का भूमिका ला सराहल जात ब्रजेश ‘रणवीर’ में अपना जिनिगी के अबले के सबले बढ़िया भूमिका में नजर आइल बाड़न.

ब्रजेश त्रिपाठी एह साल रंगबाज राजा, सौगंध गंगा मईया के, ज्वाला मण्डी, एक बिहारी सौ पे भारी, रखवाला, दयाल निहलानी क भोजपुरी फिल्म, आँधी तूफान, यादव पान भण्डार, कर्जा माटी के, गुलाब थिएटर, काहे भईलन सजन परदेसिया, दबंग दमाद समेत अनेके फिलिमन में खास खलनायक का भूमिका में नजर अइहें.

आजुकाल्हु ब्रजेश त्रिपाठी निर्देशक राजू के पवन सिंह स्टारर ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ में मुख्य खलनायक के भूमिका निभावत बाड़ें आ एकरे शूटिंग में व्यस्त बाड़ें.


(प्रशांत निशान्त के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।