रामाकांत प्रसाद क ‘जानवर’
-

सिनेमा भोजपुरी का परदा पर मशहूर निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद अब आपन ‘जानवर’ ले के आवत बाड़न. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ सीता आर्टस के प्रस्तुति, कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनत एह फिल्म में एक्शन सितारा विराज भट्ट के खास भूमिका बा. साथ में बाड़ी सुप्रेरणा सिंह, प्रिया शर्मा, तनुश्री चटर्जी, आ बाड़ें नीरज राज पौडेल, दीपक सिन्हा, राकेश पुजारा, अनिल यादव अउर ऋषभ राज ‘गोलू’.

स्पेशल इफेक्ट्स आ नयकी तकनीकन के इस्तेमाल करत बने वाली एह फिल्म के निर्माता निर्देशक रामांकांत प्रसाद भोजपुरी में मिसाल बतावत बाड़ें. फिल्म के गीतकार आ संगीतकार अशोक कुमार दीप हउवें, संपादन दीपक जौल करत बाड़ें आ मारधाड़ हीरा यादव करइहें.


(प्रशांत निशान्त के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts