चार गो हत्यारन के उमिर कैद के सजा

सिवान जिला के एगो फास्ट ट्रैक कोर्ट सताइस साल पुरान हत्या के मामिला में आजु चार जने के उमिरकैद के सजा सुनवलसि. फास्ट कोर्ट तृतीय के न्यायाधीश ओम प्रकाश सिंह दुनु फरीकन के दलील सुनला का बाद कसैला पंचायत के तब मुखिया रहल प्रदोष नारायण राय, आ गोरख नाथ राय, शैलेन्द्र राय अउर परीछन कुम्हार के हत्या का आरोप मे हरेन्द्र मल्लाह, विद्या मल्लाह, महासागर मल्लाह आ सिरिकिसुन मल्लाह के उमिर कैद के सजा सुना दिहलन. साथही एहनी पर बीस बीस हजार रुपिया के जुरमनो लगवलें. जुर्माना ना दिहला पर पाँच पाँच साल अउर सजा भुगते के पड़ी.

ई चारो लोग 09 मई 1986 का दिने असांव इलाका के कसैला गांव मे मछरी मारे के झगड़ा में चार लोग के गोली मार के हत्या कर दिहले रहल.(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।