जौनपुर के सलहदीपुर में गोली मार के हत्या
-

जौनपुर जिला के सराय ख्वाजा इलाका के सलहदीपुर गांव मे काल्हु अतवार का देर रात जमीन क झगड़ा लेके एक दर्जन से अधिका लोग दीपचन्द गिरी का घर में घुस के तीन लोग के गोली मार दिहल. गोली लगला का बाद तीनो जने के जिला अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ सर्वजित गिरी के मौत हो गइल आ रमेश गिरी अउर कमलेश गिरी के इलाज चलत बा. कमलेश गिरी के हालत खराब देख उनका के वाराणसी खातिर रेफर कर दिहल गइल बा.

पुलिस मुकदमा दर्ज करके लाश पोस्टमार्टम खातिर भेज दिआइल बा.(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts