चेन्नई का बाद बिहारो में सराहल जात बाड़ें बालेश्वर सिंह

BaleshwarSingh
बालेश्वर सिंह के अभिनय के ग्राफ दिन प दिन बढ़ले जात बा. अबले अपना हर फिलिम में अलग-अलग तरह के अभिनय से दर्शकन के मोहित क देले बाड़न बालेश्वर सिंह. अब फिलिम गरदा में इनका अभिनय के तारीफ हो रहल बा.

जाने जोग इहो बा कि बालेश्वर सिंह अबही हाले में मैनास प्रोडक्शन प्रा. लि के बैनर में बनत निर्माता हलचल सिंह के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के शूटिंग पुरवले. एह फिलिम के लेखक-निर्देशक ओम प्रकाश यादव हउवें. एकरा पहिले बालेश्वर सिंह एस.एस.फ़िल्म फैक्टरी के बनावल आ संजीव बोहरपी निर्देशित फिलिम ‘विजय पथ’ के शूटिंगो पूरा क दिहलन.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।