चैता पर नचली मोनालिसा

भोजपुरी सिनेमा में कजरी, ठुमरी, आ चइता शायदे कबो लउकेला बाकिर मृत्युंजय में चइता देखहू के मिली सुनहू के मिली. एह चइता पर नचले बाड़ी भोजपुरी के मशहूर अदाकारा मोनालिसा. एह डांस में डेढ़ सौ डांसरन के टीम उनका साथे नाचल बा.

भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ, रिंकू घोष, मोनालिसा, बृजेश त्रिपाठी, आ संजय पाण्डे के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म के निर्माण निर्माता प्रवेश सिप्पी अपना बैनर एन एन सिप्पी प्रोडक्शन का तहत कर रहल बाड़न आ निर्देशक बाड़े जगदीश शर्मा.

चइता के एह गाना आ डाँस कातिर मुंबई का गोरेगाँव का फिल्मीस्तान स्टुडियो में भव्य सेट लगावल गइल रहे आ पहिलका बेर एह स्टुडियो में कवनो भोजपुरी गाना फिल्मावल गइल. गाना खातिर गाँव के खूबसूरत सेट लगावल रहे. कच्चा मकान, बैलगाड़ी, पुरनका जमाना के लालटेन, हर बात के बारीकी से ध्यान राखल गइल रहे. मंच पर तबला वाला लोग पूरा उत्साह का साथ मौजूद रहुवे आ एह डांस खातिर मोनालिसा छह दिन के रिहर्सल कइले रहली आ कड़ा मेहनत का बाद कवनो फिल्म में पहिलका हालि चइता शूट करे के इतिहास बनल.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..