जयराम रमेश नयका गाँधी बनल चाहत बाड़न

हर तरह के नियम कायदा ताख पर राखत बनावल गइल आदर्श हाउसिंग सोसाइटी के ३१ मंजिला इमारत ढहावे के आदेश देबे वाला पर्यावरण मंत्री जयराम रमेश का खिलाफ ओह नाजायज बिल्डिंग में फ्लैट के मालिकान के खीस निकले लागल बा. कहत बा लोग कि जब मामिला कोर्ट में पहिले से बा त मंत्री के आदेश दिहला के जरुरत का रहे. राकांपा नेता जितेन्द्र अवाड के कहना बा कि लागत बा कि देश में एहसे बड़ कवनो भ्रष्टाचारे नइखे. रमेड नयका महात्मा गाँधी बनल चाहत बाड़न. ओह लोग के पूरा भरोसा बा कि अपना दम खम पर ऊ लोग अदालत में केस जीत जाई. शायद इहो भरोसा होखी कि एह सरकार का रहते केहू भ्रष्टाचारियन के कुछ ना बिगाड़ पाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..