चौरासी कोसी परिक्रमा के सपा सरकार अपना पराक्रम से रोक दिहलसि

विश्व हिन्दु परिषद के साधु संत काल्हु अतवार का दिने अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा पर निकले वाला रहलें. एह परिक्रमा खातिर सरकार का ओर से मौखिक अनुमतिओ मिल गइल रहुवे बाकिर आजम खाँ विहिप प्रतिनिधि मंडल से मुख्यमंत्री अखिलेश आ सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह के अइसन विरोध कइलन कि अपना वोट बैंक खातिर सपा सरकार के पुलिसिया ताकत से एह परिक्रमा के रोक दिहलसि. जवन काम पुलिस के एकाध कंपनी लगा के बढ़िया से होखे दिहल जा सकत रहुवे ओकरा के रोके ला सरकार चप्पा चप्पा पर पुलिस लगा दिहलसि, हजारो लोग के गिरफ्तार कर लिहलसि आ परिक्रमा ना होखे दिहलसि.
बाकिर एह सरकारी परिक्रमा के असर आम जनता पर खास कर के धर्मप्रिय हिन्दुवन पर अइसन पड़ल कि ओह लोग के लागत बा कि सपा सरकार अपना वोट बैंक खातिर हिंदुवन के जायजो काम पर रोक लगा दी. कुछ अहिंदु जरूर एह बात से खुश बाड़ें कि हिंदुवन के एगो धार्मिक कार्यक्रम के सरकार रोक दिहलसि. अब विहिप एह सरकारी जबरदस्ती का खिलाफ देश भर में आंदोलन चलावे के एलान कइले बिया. आजु के राजनीतिक हालात में हिन्दु हिन्दुवन के अपना धर्म पर आवत संकट खातिर सचेर होखे के पड़ी ना त अपने देश में बेगाना बन जाए के अनेसा बन जाई जइसन काश्मीर में देखे के मिल चुकल बा. काश्मीर घाटी से हिंदुपरिवारन के निकाल भगावल गइल आ देश के कवनो सेकुलर जमात एह अन्याय का खिलाफ बोलल त दूर ओकरा के माने सुने के तइयार ना भइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।