पुल से मार्शल गाड़ी गिरला से एक आदमी के मौत
-

गोपालगंज जिला में नेशनल हाई वे अठाइस पर मांझा इलाका के कोईनी गांव का लगे बनत पुल पर से एगो मार्शल गाड़ी अतवार का दिने नीचे गिर गइल जवना से ओह पर सवार एक आदमी के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइले. घवाहिल लोग के इलाज एहिजे के एगो अस्पताल में करावल जात बा. बतावल जात बा बरौली इलाका के मिर्जापुर गांव के जग राम के परिवार के लोग जंगराम के इलाज खातिर शामपुर गइल रहुवे आ ओहिजे से लवटत घरी ई हादसा हो गइल जब एगो साइकिल सवार के बचावे का फेर में गाड़ी पुल के नीचे गिर गइल.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..