छठ पूजा पर रिलीज होखी अभय सिन्हा के ‘इंसाफ’’

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा के चर्चित फिल्म ‘इंसाफ’ के प्रदर्शन महान लोकपर्व छठ पूजा का शुभ अवसर पर 1 नवम्बर से बिहार में कइल जाई. यशी फिल्मस प्रा. लि. के बैनर तले बनल एह फिल्म में पहिला बेर भोजपुरी के दूगो गायक सुपरस्टार्स मनोज तिवारी आ पवन सिंह एक साथ नजर अइहें. फिल्म में संगीता तिवारी, कृषा खंडेलवाल, उर्वशी चौधरी, अवंतिका, सिद्धार्थ राय, रवि उज्जैन, अनुप अरोड़ा, संतोष श्रीवास्तव, दीपक सिन्हा, प्रिया पाण्डेय, विनोद मिश्रा, रवि बल, सत्य प्रकाश, जय प्रकाश आ गजेन्द्र चौहान के प्रमुख भूमिका बा.

फिल्म के कथा पटकथा लेखन आ निर्देशन अजय श्रीवास्तव कइले बाड़न, अजय श्रीवास्तव के कहना बा कि ‘‘इंसाफ’’ एगो समगर परिवारिक मनोरंजन देबे वाली फिल्म ह जवना में देखावल गइल बा कि ‘‘इंसाफ’’ कबो कबो अपननो के मूड़ी कटवा देले. एह फिल्म में मनोज तिवारी आ पवन सिंह भाई का भूमिका में बावे लोग. फिल्म के ऑडिया टी-सिरीज जारी कइले बा. गीतकार अशोक कुमार दीप आ बिनय बिहारी, संगीतकार विनय बिहारी, संवाद लेखक संवाद मनोज कुशवाहा, आ कार्यकारी निर्माता अंजनीकांत श्रीवास्तव आ मनोज कुशवाहा हउवें.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।