रामाकांत प्रसाद के ‘‘जान तेरे नाम’’ में खेसारीलाल
-

भोजपुरी फिलिमन के चर्चित निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद अब भोजपुरी परदा के नयका स्टार ‘‘साजन चले ससुराल’’ फेम खेसारीलाल यादव के लेके फिल्म बनावे जात बाड़े, नाम राखल गइल बा ‘‘जान तेरे नाम’’. एह फिल्म की अंतिम शूटिंग शेड्यूल मुंबई में जोर-शोर से जारी बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ सीता आर्टस के प्रस्तुति आ कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनत एह फिल्म में खेसारी लाल यादव का साथे विराज भट्ट आ तनुश्री चटर्जी के मुख्य भूमिका बा.

गीतकार विनय बिहारी, अशोक कुमार दीप, प्यारेलाल यादव आ बृजेश पाण्डे, संगीतकार अशोक कुमार दीप, आ छायांकनकर्ता देवेन्द्र तिवारी हउवें. फिल्म में प्रिया शर्मा, नीरज राज पौडेल, धामा वर्मा, देव सिंह वगैरहो के खास भूमिका बा.

अबले निरहुआ, पवन सिंह आ विराज भट जइसन स्टारन का साथ ब्लाकबस्टर फिल्म देबेवाला रामाकांत प्रसाद ‘जान तेरे नाम’ से बहुते उम्मीद रखले बाड़न.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts