छपरा टीसन पर जनसाधारण एक्सप्रेस के इंजन मे लागल आग से अफरातफरी

काल्हु पूर्व मध्य रेलवे के छपरा टीसन पर खड़ा 14604 डाउन जनसाधारण एक्सप्रेस के इंजन मे आग लगला का चलते कुछ देर ला अफरातफरी मच गइल. अमृतसर से चल के सहरसा जात जनसाधारण एक्सप्रेस जब छपरा टीसन पर खड़ा रहुवे तबहिए ओकरा इंजन मे आग लाग गइल. ड्राइवर तुरते इंजन के बाकी ट्रेन से काट के अलगा कर दिहले. बाद में आग पर काबू पा लिहल गइल.

बतावल जात बा कि फयूएल पाईप से रिसाव का चलते आग लागल रहुवे. बाद में फ्युएल पाइप बदल के ट्रेन के मंजिल का ओर रवाना कइल गइल.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।