अब अयोध्या मे 22 तारीख से पंचकोसी परिक्रमा करे निकली विहिप
-

अयोध्या के 84 कोसी परिक्रमा का बाद विश्व हिन्दू परिषद 22 सितंबर से 13 अक्टूबर ले पंच कोसी परिक्रमा करे के घोषणा कइले बिया. विहिप के अंतर्राष्ट्रीय महामंत्री चंपत राय एह बारे में काल्हु बयान जारी कइलें. एह परिक्रमा मे दक्षिण भारत के चार गो राज्य केरल, तमिलनाडु, कर्नाटक, आ आन्ध्र प्रदेश के दस गो संत आ एक सौ अनुयायी शामिल होखीहें.

परिक्रमा विजया दशमी के दिन 13 अक्टूबर के पूरा होखी आ ओकरा बाद संत अपना.अपना स्थान के लवट जइहें.

मुजफ्फरनगर के हिंसा के दुर्भाग्यपूर्ण बतावत विहिप महामंत्री कहलन कि ओहिजा अगर समय रहते सुरक्षा बल भेजल जाइत त जान माल के एतना नुकसान ना होखीत. कहलन कि धारा 144 के नाम पर विहिप के अयोध्या परिक्रमा त सरकार रोक दिहलसि बाकिर ओह हिंसा में चु्प्पी लगा गइल.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts