बाहर भेजात सात ट्रक राशन पकड़ाइल

काल्हु देवरिया जिला से सात ट्रक में भरके बाहर दोसरा राज्यन में बेचे खातिर ले जाइल जात सरकारी राशन बरामद कर के पुलिस एक आदमी के पकड़ लिहलसि बाकी सब भाग गइलें. उपजिलाधिकारी सदर दिनेश गुप्ता बतवले कि सोदा का लगे भारतीय खाद्य निगम गोदाम आ बगल के एगो चावल मिल पर छापामारी कर के गेहूं से लदल पांच ट्रक आ चावल से लदल दू गो ट्रक पकडलन जवना के बिहार आ पंजाब भेजल जात रहुवे, एह मामिला में मिल प्रबंधक मुन्ना जायसवाल के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..