छेड़खानी से आजिज आ के जान दे दिहलसि एगो लड़िकी

आजमगढ़ जिला के कप्तानगंज इलाका के एगो गांव के लड़िकी शुक का रात में फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. अपना सुसाइड नोट में ऊ गाँवे के तीन गो नवहियन पर छेड़खानी करे के अछरंग लगवले बिया. लिखले बिया कि शुक का दिने मेला देखे गइल रहुवे तबो ई लोग ओकरा से छेड़खानी कइलसि आ जब घर के लोग के बतवलसि त लोग ओकरे के डाँटे लागल. घर के लोग के कहना बा कि सुसाइड नोट पुलिस के दे दीहल गइल बा जबकि पुलिस के कहना बा कि ओकरा कवनो नोट नइखे मिलल. पुलिस मामला के जाँच के बात करत बिया.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।