जबरदस्त खलनायक हउवें बालेश्वर सिंह

फिलिमन का कहानी में वइसे त नायक के भूमिका बहुते अहम होले बाकिर देखेवालन के हीरो के कलाबाज़ी तबहिए पसंद आवेला जब खलनायक के भूमिका जबरदस्त होले. अभिनय में प्रवीण अभिनेता बालेश्वरो सिंह आजुकाल्हु हर हिट फिलिम के हिस्सा बनल जात बाड़ें आ उनुका खल अभिनय के तारीफ सिनेप्रेमियन का अलावे सिने जगत के लोगो करत बा. बिहार में हालिया प्रदर्शित फिल्म ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ के मिलल सफलता से भोजपुरी सिने जगत खुश बा.
एकरे अलावे जल्दिए रिलीज होखे वाला ए. एस. सी. डिज़िटल प्रा. लि. के प्रस्तुति ‘कालिया’ फिलिमो में बालेश्वर सिंह के अभिनय के तारीफ हर जगह चरचा में बा काहे कि ‘कालिया’ के प्रोमो लौंच हो चुकल बा आ एकर म्यूजिक ‘नरजिस म्यूजिक’ रिलीज कइले बिया जवन हिट हो चुकल बा. बालेश्वर सिंह एकरे अलावे तिलक तराजू और तलवार, रूपया के बोलबाला, हम मस्ताने, लाडली, चुन्नूबाबु सिंगापुरी आ तोह्पे दिल आइल बा वगैरह फिलिमन में नजर अइहें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।