पिरितिया तोहरे नाम के मुहुर्त कइल गइल
-

दिल्ली में भइल एगो साँच घटना पर बने जात फिल्म ‘‘पिरितिया तोहरे नाम’’ के मुहुर्त पिछला दिने मलाड़ के मिरांडा हाउस में कइल गइल. एह मौका पर सगरी कलाकार मौजूद रहलें. लोटन इंटरटेमेंट के प्रस्तुति आ लेखक-निर्माता मनोज कुमार (देवा) आ निर्देशक अंजन वी गोस्वामी के ई फिल्म एगो अनोखा बाकिर साँच घटना पर बनल प्रेम कहानी होखी. एकर शूटिंग मुंबई के अलावा उमरगाँव के लोकेशनन पर कइल जाई. फिल्म के मुख्य कलाकार रहीहें कुणाल सिंह, मनोज कुमार (देवा), सुदीप पाण्डे, कल्पना शाह, श्री कंकानी, गोपाल रॉय, बृजेश त्रिपाठी, विपिन सिंह, बीरबल, मनमौजी, मुश्ताक खान, अरूण बक्शी, राज शेख, के.के. गोस्वामी, बाल कलाकार पायल रॉय अउर यश गोस्वामी. धनंजय भट्ट आ रामचरण के लिखल गीतन के संगीत दिहले बाड़ें राजेश घायल. छायांकन राहुल सक्सेना करीहें. अग्निसाक्षी, दलाल, गुलाम-ए-मुस्तफा, युगपुरूष जइसन बड़की हिन्दी फिलिमन के सहायक निर्देशक रहल अंजन वी गोस्वामी पहिला बेर स्वतंत्र हो के निर्देशन करीहें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts