जमीन का झगड़ा में दू लोग के हत्या

सिवान जिला के बसंतपुर इलाका के कोरड़ गांव मे काल्हु देर रात भइल जमीन के झगड़ा में दू लोग के मौत हो गइल.

पुलिस बतावत बिया कि कोरड़ के गौतम प्रसाद आ जगन्नाथ महतो के बीच जमीन ले के झगड़ा पहिलही से चलत आवत रहे. रात एही बात पर फेर गरमा गरमी का बाद मारपीट शुरु हो गइल आ सत्तर साल के जगन्नाथ महतो के लाठी से पीट के मुआ दिहल गइल.

घटना का बाद महतो के परिवार वाले दोसरा पक्ष के पैंतालिस साल के गौतम प्रसाद के धारदार हथियार से हत्या कर दिहले, दुनु ओर से केस लिखावल गइल बा. घटना का बाद से सगरी नामजद आरोपी फरार बाड़ें.

लाशन के पोस्टमार्टम ला भेज दिहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।