बिहार के विश्वविद्यालयन में शिक्षक बहाली अगिला साल ले पूरा होखी

उच्च शिक्षा उभरते प्रतिमान विषय पर पटना राजभवन में बोलावल देश भर के शिक्षाशास्त्रियन के दू दिन के सम्मेलन में बोलत राज्य के शिक्षा मंत्री पी के शाही कहलन कि राज्य में पिछला अढ़ाई साल में कुछ खास काम ना हो सकल बा उच्च शिक्षा में. मनलन कि राज्य में करिब पचास फीसदी जगहा खाली पड़ल बा. अब बीपीएससी का जरिए एह पदन पर बहाली शुरू करे के निर्देश दिहल जा चुकल बा आ अगिला मार्च ले बहाली के काम पूरा कर लिहल जाई.

शिक्षामंत्री इहो कहलन कि अबसे कुलपति, आ प्रतिकुलपति के बहाली सर्च कमिटी का जरिए तीन महीना में कइल जाई.
(सुपदे)

0 Comments

Recent Posts