जम्मू में चार गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल

जम्मू 28 मार्च (वार्ता). जम्मू-कश्मीर में राजौरी जिला के सुंदरबनी इलाका में आजु सुरक्षा बल आ आंतकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि एहनी के देखते सेना आ अर्धसैनिक बल के जवान पूरा इलाका घेर लिहलें. घेरइला का बाद पहिले आतंकवादी तलाशी दल पर छह गो गोली दगलें जवना का बाद सुरक्षा बल आपन जवाबी कार्रवाई शुरू क दिहलें.
एगो अधिकारी बतवलें कि तलाशी दल के मुठभेड़ वाला जगह से अबले तीन गो थैला मिलल बा जवना में से दू गो में विस्फोटक सामान आ हथगोला राखल रहुवे.
राज्य के पुलिस महानिदेशक ट्वीट क के लिखले बाड़न कि सीमा पार से आइल चारो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल बा.
राजौरी जिला प्रशासन एहतियातन सुंदरबनी तहसील के सगरी स्कूलन के बंद राखे के आदेश दिहले बावे. जम्मू में अलर्ट जारी कइल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *