नामी कुकुर अपना मालिके का बिछवना पर मूतेला

← Back

Your message has been sent


नयी दिल्ली 28 मार्च. मोदी विरोधी गिरोह बनावे में लागल हिन्दू विरोधी तृणमूल कांग्रेस प्रमुख आ दंगा में जरत पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आजु दिल्ली में भाजपा के मुँहफुलवन का साथे बातचीत कइली. एह बातचीत में अपना के खास माने आ बूझे वाला यशवंत सिन्हा, शत्रुघ्न सिन्हा, आ अरूण शौरी शामिल भइलें.
दिल्ली दौरा पर आइल ममता बनर्जी एह तीनो से एके साथ भेंट कइली. एह भेंटघाट का बाद यशवंत सिन्हा कहलन कि – बनर्जी सराहे जोग काम करत बाड़ी. हमना के उनुका पर पूरा भरोसा बा. वाजपेयी सरकार में हम उनुका साथे काम क चुकल बानी.
भाजपा के शत्रु कहलन कि बनर्जी देशहित में काम करत बाड़ी आ देश कवनो गोल से ऊपर होले. बाकिर इहो कहलन कि ममता बनर्जी से मिलल गोल विरोधी काम ना ह.
अरुण शौरी कहलन कि देश में निराशा के माहौल बा. मौजूदा सरकार कई मोर्चा पर नाकाम साबित भइल बिया आ सब गोल एकजुत होके भारतीय जनता पार्टी के चुनौती दे सकेलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..