जल्दिये आवे जा रहल बा मार देब गोली केहू ना बोली

भोजपुरी सिनेमा का दुनिया में अपना तीन गो फिल्म, मुन्नी बाई नौटंकीवाली, धर्मवीर, आ बृजवा, से आपन अलगे पहचान बना लेबे वाला जितेश दूबे के अगिला फिल्म मार देब गोली केहू ना बोली जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म में भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन अपना तमंचा का बल पर पूर्वांचल के माफियन से जम के लोहा लिहन आ अपराध के फसल बर्बाद कर देबे के ठान लीहे.


फिल्म में रविकिशन के नायिका गुंजन पंत के भूमिको चउँकावेवाली बा. फिल्म के निर्दशक बाड़े जगदीश शर्मा. रविकिशन के कहनाम बा कि ई फिल्म गजब के बा आ एकरा के ले के ऊ बहुते उत्साहित बाड़े. निर्माता पायल दूबे आ प्रस्तुतिकर्ता जितेश दूबे के एह फिल्म के शूटिंग पूर्वांचल के भदोही जिला में भइल बा. जेही एह फिल्म के फर्स्ट लुक देखल सभे रविकिशन आ गुंजन पंत के कसीदा पढ़त बा.

मार देब गोली केहू ना बोली में रविकिशन आ गुंजन पंत का अलावे दीपक दुबे, किरन कुमार, बृजेश त्रिपाठी. आ सिद्धार्थ राय आपन जलवा देखइहे.


(स्रोत : शशिकान्त सिहं)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..