जहँ जहँ चरण पड़े राहुल के तहँ तहँ भइल बवाल

कांग्रेस उत्तरप्रदेश के अगिला विधानसभा चुनाव जीते खातिर राहुल के अगुयवाई में काम करे के फैसला लिहले बिया आ राहुल गाँधी एही खातिर दू दिन का यूपी यात्रा पर आइल रहलें आ बनारस, लखनऊ, इलाहाबाद, झाँसी, आगरा में नवजवानन से मिललें. बाकिर हर जगहा नवजवाने उनका विरोध में मजगर तरीका से सामने अइलें जिनका कांग्रेस के खराब मीडिया मैनेजमेंट का चलते जम के प्रचार मिल गइल. एहसे राहुल के यात्रा से प्रदेश में कांग्रेस के कमजोरीए सामने आइल जवना के प्रदेश के आम जनता पर खराब असर पड़े से इन्कार ना कइल जा सके. राहुल गाँधी के जतना जोरदार तरीका से विरोध भइल तवना से इहे लागत बा कि राहुल के जादू यूपी के नवहियन पर नइखे चलत.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।