समरथ के नहीं दोष गुसाईं
-

दिल्ली पुलिस के कारगुजारी से एगो अपराधी सजा से बाच निकलल आ ओकरा के जमानत दे दिहल गइल. जेट एयरवेज के पायलट विकास अग्रवाल के गाड़ी के राजीव के गाड़ी से खरोंच आ गइल. ओकरा बाद दुनु में बहसा बहसी भइल आ विकास राजीव के अपना गाड़ी से धक्का देत चल दिहलसि. बाकिर ढेर आगा ना गइल आ गाड़ी वापिस ले आ के सड़क पर घवाहिल पड़ल राजीव के फेर से कचारत भाग निकलल. ओकरा के कुछ दूर आगा जा के गन प्वायंट पर रोकल गइळ. बाकिर दिल्ली पुलिस एह सरेराह हत्या के मामिला के कमजोर बना के साधारण दुर्घटना बना दिहलसि जवना चलते आजु कोर्ट से ओह हत्यारा ड्राइवर के जमानत मिल गइल. पुलिस के एही कारनामा का चलते पुलिस पर केहू विश्वास ना करे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts