’जानी दुश्मन’ के पहिला झलक जारी भइल

JaniDushman-poster24 फ्रेम इंटरटेन्मेंट के बैनर में निर्माता चंद्रा बी वर्मा के भोजपुरी फिलिम ’जानी दुश्मन’ के पहिला झलक पिछला दिने जारी कइल गइल. एकर निर्देशन जगदीश शर्मा कइले बाड़न जे हिंदी में अक्षय कुमार, सुनिल शेट्टी जइसन स्टार वाला फिलिम सपूत बनवले रहलें. जानी दुश्मन पूरा तरह से दर्शकन के पसंद ध्यान में राखत बनावल गइल बा. आ पूरा कोशिश भइल बा कि दर्शकन के भरपूर मनोरंजन होखे. एहमें सगरी मसाला एक्शन, रोमांस, आ कॉमेडी के भरपूर इस्तेमाल भइल बा. आ एकरा के परोसत बाड़ें सी पी आई मूवी के सुजीत तिवारी.

निर्माता चंन्द्रा बी वर्मा, लेखक-निर्देशक जगदीश शर्मा, गीत-संगीत विनय बिहारी, कोरियोग्राफर रिक्की गुप्ता, छायांकन महेन्द्र बोचा, एडिटर नासिर अंसारी, डायलॉग के मनोज सिंह, पटकथा नईम एजाज अउर जगदीश शर्मा.

मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, सुशील सिंह, पाखी हेगड़े, अवधेश मिश्रा, प्रविण सिसोदिया, संजय वर्मा, गोपाल राय, दिलीप सिन्हा, दीपक सिन्हा, मनिष चतुवेर्दी, सीमा सिंह आ अनारा गुप्ता वगैरह शामिल बाड़ी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।