‘राम बनइलन जोड़ी’’ बनके तइयार भइल

RamBanailanJodiन्यू इंटरटेनमेंट के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम ‘राम बनइलन जोड़ी’ अब बनके तइयार बा. एकर पूरा शूटिंग बिहार के मुजफ्फरपुर आ वैशाली जिला में भइल बा. गाना बहुते बढ़िया बाड़ी सँ. तीन गो आइटम सांग बा. फिलिम जल्दिए रिलीज होखी.

एह फिलिम का माध्यम से छपरा जिला के नवोदित अभिनेता नील सिंह के फिलिम इंडस्ट्री में लांच कइल गइल बा. फिलिम दू भाईयन के कहानी ह जे बड़हन बने के सपना देखत बाड़ें. ओह सपना के पुरावे ला कवन कवन परेशानी झेले पड़त बा, का का पापड़ बेले पड़त बा उहे सब देखावल गइल बा,

निर्माता प्रशांत, निर्देशक के. सुजीत, गीत बुलेट ब्रह्मचारी, संगीत श्री मुकेश, नृत्य नवीन सिंह, आर्यन राज, छायांकन पंकज राय, मनोज यादव, आ सह निर्माता पी. लक्ष्मीना. मुख्य कलाकारन में नील सिंह, अमित आर्या, टूवा खान, प्रियंका सिंह, तनु श्री, तनीषा, अंशिका, सतीश साहनी, रूपा सिंह वगैरह शामिल.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..