‘जान तेरे नाम’ रिकार्ड बिजनेस कइलसि

भोजपुरी के टॉप निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद आ नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के हालही में रिलीज फिलिम ‘जान तेरे नाम’ पूरा बिहार में रिकार्ड बिजनेसे करत बिया. पहिलके हफ्ता में ई फिलिम बिहार से 60 लाख से अधिका बिटोरलसि. हाजीपुर, मोतीहारी, आरा, बक्सर, छपरा समेत दो दर्जन सेंटर के सगरी पुरान रिकार्ड ध्वस्त हो गइल बा.

रामाकांत प्रसाद एहसे पहिले भोजुपरी बॉक्स ऑफिस पर 8 गो सुपरहिट फिल्में दे चुकल बाड़न आ ‘‘जान तेरे नाम’’ उनुकर नउवीं हिट फिल्म हवे. ट्रेड पंडितन के कहना बा कि ‘जान तेरे नाम’ भोजपुरी के रिकार्ड व्यवसाय करे वाली फिलिम हो गइल. एहमें विराज भट्ट, तनु श्री आ प्रिया शर्मा वगैरह कलाकार काम कइले बाड़न


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..