जारी भइल त्रिनेत्र के संगीत

पिछला दिने वीनस म्यूजिक कंपनी भोजपुरी फिल्म “त्रिनेत्र” के संगीत जारी कइलस. इन्फिनिटी इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिल्म में नौ गो गीत बाड़ी सँ. वइसे त सगरी गाना लोग के पसन्द आ रहल बा बाकिर तीन गो गाना, “भाभी ना भगवान हऊ तूं, कोरवा में आ जा, आ सेक्सी भइल बा” के ढेर लोकप्रियता मिलल बा.

प्रतिमा डी मिश्रा के बनावल एह फिल्म के संगीत अशोक कुमार दीप के आ गीत अशोक कुमार दीप का अलावे प्यारे लाल यादव कवि के लिखल बा. निर्देशक हउवें शाद कुमार. कहानी संतोष मिश्रा के, एक्शन शकील शेख के, नृत्य निर्देशन रामदिवान के आ संपादन गोविंद दूबे के बा. फिल्म के कलाकारन में विनय आनन्द, दिव्या द्विवेदी, पंकज केसरी, रुबी सिंह, सीमा पाण्डे, विजयलाल यादव, धर्मेश, पूजा सिंह वगैरह का साथ सपना आ सीमा सिंह शामिल बाड़े.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..