लेखक मनोज पंडित सम्मानित भइले
-

जानल मानल फिल्म लेखक मनोज पाण्डे के पिछला दिने उनुकर हिन्दी फिल्म “प्रणाली द ट्रेडिशन” खातिर नेशनल एजूकेशन एण्ड ह्यूमन रिसोर्से डेवलेपमेंट आर्गनाइजेशन का तरफ से मुंबई के रवीन्द्र नाट्य मंदिर में आयोजित कार्यक्रम में “राष्ट्रीय सम्मान अवार्ड” से सम्मानित कइल गइल.

मनोज पाण्डे हिन्दी का अलावा कई गो भोजपुरीओ फिलिमन के कहानी लिखले बाड़न जवना में “पंडित”, “राजा ठाकुर”, “पप्पू के प्यार हो गइल”, तु हमार हऊ”, “बेटवा बाहुबली”, “सौतन” वगैरह शामिल बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts