‘जीना तेरी गली में’ 16 अगस्त से मुंबई में

ChintuPandeyसिनेमा भोजपुरी के सबले सफल निर्माता निदेशक राजकुमार पाण्डेय के नइकी फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ 16 अगस्त से मुंबई में रिलीज़ होखी. साईदीप फिल्म्स आ सुनीत तिवारी के सी.पी.आई. मूवीज के एह प्रस्तुति से राजकुमार पाण्डेय अपना बेटा प्रदीप पाण्डेय चिंटू के नायक बना के लांच कइले बाड़न. एह फिलिम के संगीतकारो राजकुमार पाण्डेय अपनही बाड़न. फिलिम बिहार में रिलीज हो चुकल बा आ सुपर हिट साबित हो चुकल बा. एह फिलिम में चिंटू संगे प्रियंका पाण्डेय, सुशील सिंह, आ रिंकू घोष बाड़ी. फिलिम के प्रोमो आ ट्रेलर के बढ़िया रिस्पांस मिलल रहे आ एकर गाना लोग का जबान पर पहिलही से चढ़ गइल बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।